सीपी भट्ट के दौर आ गइल

भोजपुरी सिनेमा के हास्य अभिनेता सी॰पी॰भट्ट आजुकाल्हु बहुते व्यस्त हो गइल बाड़न आ धड़ाधड़ फिल्म साइन कइले जात बाड़े. बिहार का पृष्ठभूमि पर बनत हिन्दी फिल्म “जंगलराज” में साधु यादव जइसन भूमिका का अलावा सी॰पी भट्ट गवाही, बलिष्ठ, मर्यादा हमरे गाँव की, बलवा, वर्चस्व, वगैरह ढेरे फिल्म साइन कइले बाड़ण. अतने ना अगिला एक महीना का भितर सी॰पी॰भट्ट के आठ गो फिल्म आवे जा रहल बाड़ी सँ.

एह आठ में शामिल “रंगबाज” के रिलीज होखे के सीपी भट्ट बेसब्री से इन्तजार करत बाड़े. “फूल बने अंगारे” में भट्ट के रोमांटिक गीत, “साजन चले ससुराल” में भट्ट के स्पेशल लुक, “गंगा जमुना सरस्वती” आ “प्यार हो जाला” में कामेडियन के किरदार, यादव पान भन्डार के पंडित जी वगैरह दर्शकन के पसन्द आई.


(स्रोत – संजय भूषण पटियाला)

1 Comment

  1. arun, gorakhpur

    gorakhpur ke khatir bhi kuchh kra bhayia.

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..