सुदीप पाण्डे छत्तीसगढ़ी सिनेमा में

भोजपुरी सिनेमा के एक्शन स्टार सुदीप पाण्डे एगो छत्तीसगढ़ी फिल्म में नायक बनल नजर आवे वाला बाड़े. निर्माता मुरली लालवानी के तीन गो फिल्म साइन कर चुकल सुदीप पान्डे के फिल्म भोजपुरी आ छत्तीसगढ़ी दुनु भाषा में बनावल जाई. शूटिंग रायपुर में चल रहल बा.

एह में से “हमार संगी बजरंगबली” अमृता आर्ट्स का बैनर में, “राम बाबू श्याम बाबू” कल्पना मूवीज का बैनर में, आ तिसरकी फिल्म प्रीत फिल्म्स का बैनर में बनी. एकर अबही नाम नइखे राखल गइल. उम्मीद कइल जा रहल बा कि एह फिल्मन से भोजपुरी आ छत्तीसगढ़ी फिल्म उद्योगन में नजदीकी बढ़ी.

सुदीप पान्डे के “हमार ललकार” आजुकाल्ह बाक्स आफिस पर धूम मचा रहल बा. उनकर दू गो अउरी फिल्म, “नथुनिया पे गोली मारे” आ “कुरबानी”, रिलीज खातिर तइयार बाड़ी सँ.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..