सौम्या फिल्म्स के प्रोडक्शन नंबर – 2 के संगीत मुहूर्त

SaumyaFilms2-muhurtसौम्या फिल्म्स प्रा. लि. के बैनर के तले बने जात भोजपुरी फिलिम “प्रोडक्शन नंबर – 2” के संगीतमय मुहूर्त पिछला दिने मुंबई के पंचम रिकार्डिंग स्टूडियो में बहुते धूमधाम से कइल गइल.

निर्माता आलम खान, कृष्णा यादव आ सह-निर्माता अनिल राय के एह फिलिम के निर्देशक हउवें सुशील कुमार उपाध्याय. मुहूर्त गीत के आवाज़ दिहली गरिमा आ संगीत से सजवले सुरेश आनन्द. गीत रहल संतोष पुरी आ आजाद सिंह के. रिकार्डिस्ट रहलन साहिल पंचम.

संजय राय के लिखल एह फिलिम के मुख्य कलाकार रहीहें खेसारी लाल यादव. अउरी कलाकारन के फाइनल नइखे भइल.

मुहुर्त का मौका पर दिनेश लाल यादव निरहुआ, आलोक कुमार, आनंद डी गहतराज, हैरी फर्नाडीज, अपूर्वा बिष्ट, सुशील सिंह, प्रवेश लाल यादव, प्रकाश जयेस, धर्मेश मिश्रा, प्रिंस, साहिल खान वगैरह मौजूद रहलें.


(अपना न्यूज)

0 Comments

Recent Posts