स्मृति सिन्हा डेग बढ़वले जात बाड़ी
-

सिनेमा भोजपुरी के नयकी सनसनी स्मृति सिन्हा के जलवा एह घरी भोजपुरी परदा पर चलत बा. ‘रंगीला बाबू’ जइसन हिट फिल्म से सिनेमा भोजपुरी में ढुकल स्मृति का खाता में अबले ‘शादी बियाह’, ‘प्यार बिना चैन कहाँ रे’, ‘सौगंध गंगा मईया के’, ‘देवरा पे मनवाँ डोले’ अउर ‘साजन चले ससुराल’ जइसन फिलिम दर्ज हो चुकल बा जवनन से स्मृति के स्मृति दर्शकन का दिमाग में आपन खास जगहा बना लिहले बावे.

एह घरी स्मृति खेसारीलाल संगे ‘लाल दुपट्टा मलमल का’, विराज भट्ट संगे ‘अंतिम तांडव’, आ छैला बिहारी संगे ‘लाडली’ के शूटिंग पूरा कर चुकल बाड़ी. आ जल्दिए जुबली स्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ संगहु अभिनय करत नजर अइहें.

अपना के बिहार के बेटी कहत स्मृति के कहना बा कि ऊ हमेशा साफ सुथर आ मनोरंजक फिलिम देके दर्शकन के मनोरंजन करत रहीहें.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts