सड़क हादसा में दू जने मरलें

(प्रतीक फोटो)


सोनभद्र, 29 मार्च (वार्ता). सोनभद्र में अलग-अलग भइल दू गो सड़क हादसा में दू जने के मौत हो गइल आ एक जने गम्भिराहे घवाहिल हो गइल बाड़ें.
पुलिस सूत्र बतवलें कि राबर्ट्सगंज कोतवाली के लोढ़ी गांव का नियरा एगो ट्रक से कचरा के वाराणसी के भेलुपुर इलाका के खोजवा गांव के रहे वाला 55 बरीस के कमलेश के मौत हो गइल.
एगो दोसर हादसा में महुअरिया ग्राम पंचायत के मुंगेहरी गांव का लगे ट्रक से धक्का लगला का बाद मोटरसाइकिल से बेटी के बिआह के निमन्त्रण बाँटे निकलल घोरावल कोतवाली इलाका के खुटहा गांव के रहे वाला तीस बरीस के शिवकुमार के ठाँवे पर मौत हो गइल आ साथे जात एवं शिवनारायण घवाहिल हो गइलें.
शिवनारायण के पुलिस सामुदायिक स्वास्थ्य केन्द्र घोरावल भेजववलसि जहाँ से उनुका के जिला अस्पताल रेफर कर दीहल गइल. लाश पोस्टमार्टम ला भेजल गइल.
एह दुनु हादसा में ट्रक चालक ट्रक लेके भाग निकलले सँ.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..