हर इलाकाई निर्माता के पसन्द बनले किंग निरहुआ

भोजपुरी सिनेमा के बादशाह कहाये वाला जुबिली स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ भोजपुरी फिल्म निर्मातन के पसन्द त रहबे कइलन, अब हर इलाकाई निर्माता उनका के आपन पहिलका पसन्द बनवले जा रहल बा. चाहे ऊ दक्खिन के, बंगाल के हो, मराठी के हो, भा पंजाबी के हो. हर निर्माता निरहुए के साथे भोजपुरी सिनेमा बनावे के काम शुरु कइल चाहत बा.

दक्खिन के सबले बड़हन निर्माता “पद्मालय फिल्म्स” आ रामोजी राव खुदे निरहुआ से मिल के उनका साथे भोजपुरी फिल्म बनावे के प्रस्ताव दिहले बाड़े. ई दुनु जल्दिये निरहुआ का साथे फिल्म बनावे जा रहल बाड़े. निरहुआ एहसे पहिलहू कई गो दक्खिनी निर्माता संगे काम कर चुकल बाड़े आ उनका काम के चरचा दक्खिन के फिल्म उद्योग में बढ़िया बा.

बंगला फिल्मन के किंग निर्माता श्रीवेंकटेश फिल्म्स निरहुआ से फिल्म खातिर संपर्क कइले बा. ओहिजो से खुशखबरी के सुंगध बा. एकरा अलावे कई गो गुजराती, मराठी, आ पंजाबी फिल्म निर्माता निरहुआ के एगो हँ के इन्तजार में बाड़े. बालीवुडो के कई गो निर्माता निरहुआ का साथे फिल्म बना रहल बाड़े. मशहूर निर्माता टी॰पी॰अग्रवाल पहिलही निरहुआ का साथे फिल्म बना चुकल बाड़े.

निरहुआ के कहना बा कि ऊ दिन दूर नइखे जब भोजपुरी फिल्म उद्योग पूरा दुनिया के इलाकाईए सिनेमा में सबले बड़ उद्योग बन जाई.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..