‘हीरो’ के उमेद में प्रकाश जैस उछाह में

भोजपुरी अभिनेता प्रकाश जैस अपना आवेवाली फिल्म ‘हीरो’ लेके बहुते उछाह में बाड़न. एहमें प्रकाश जैस जूनियर निरहुआ प्रवेश लाल यादव आ शुभी शर्मा संगे एक्शन करत नज़र अइहें. फिल्म में प्रकाश जैस के एगो अलगे ट्रैको बा. निर्देशक सुब्बाराव आ नायक प्रवेशलाल के बड़ाई करत प्रकाश जैसके कहना बा कि एही लोग के सहयोग से ऊ एतना बढ़िया काम कर पवलें.

प्रकाश जैस हिन्दी आ भोजपुरी में अनेके फिलिल कइले बाड़न. एहमें से ‘कलुआ भईल सयान’ एह घरी बिहार में खूबे दर्शक बिटोरत बा. निर्माता बिट्टू सरदार के फिल्म ‘रिक्शावाला आई लव यू’ के शूटिंग प्रकाश जैस पूरा कर लिहले बाड़ें.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।