२२ जिलन में चेयरमैनी के निर्विरोध चुनाव

जिला पंचायत अध्यक्ष के होखे वाला चुनाव में यूपी के २२ जिला में निर्विरोध चुनाव होखे के खबर बा. आ जइसन कि सोचल जा सकेला अधिकतर जगहा बसपा समर्थित उम्मीदवारे जीतल बाड़े. जहाँ निर्विरोध चुनाव नइखे हो पावल ओहिजा १२ तारीख के मतदान करावल जाई. मतदान का बादो बसपे उम्मीदवार अधिका जगहा से जीतिहें आ ई हालात तब बा जब बसपा पंचायत चुनाव से अपना के अलगा राखे के एलान कइले रहुवे.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..