अनकर धन पाईं त सौ मन लुटाईं
-

आजु पेश सालाना बजट में वित्त मंत्री आंकड़ा के बाजीगरी त खूब देखवलें बाकिर केहू के कुछ भेंटात लउकत नइखे. मिडिल क्लास के उमेद रहल कि ओह लोग के कुछ राहत मिली बाकिर सगरी उमीद बेकार चल गइल. बजट भाषण का बाद शेयर बाजार में बड़हन गिरावट आइल बा जवन बतावत बा कि आम लोग एह बजट से कतना निराश भइल बा.

दू लाख से पाँच लाख का बीच के आमदनी वाला लोग के दू हजार रुपिया के टैक्स क्रेडिट दिहल जाई. एक करोड़ से अधिका आमदनी वालन पर दस फीसदी सरचार्ज बढ़ा दिहल गइल बा.

वित्त मंत्री का सोझा मुसीबत ई बा कि लुटावे खातिर हजारों करोड़ रुपिया के इंतजाम करही के बा त बाकी लोग के राहत देस त कइसे.

मुलायम सिंह एह बजट के जनविरोधी बतवले बाड़न आ कहलें कि सपा एकर विरोध करत बिया. इहो कहलें कि यूपीए के सफाया हो जाई अगिला चुनाव में.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts