अब रोमांस करत नजर अइहें सनोज मिश्रा
-

SanojMishraजानल मानल आ व्यस्त निर्देशक बन गइल बाड़न सनोज मिश्रा. पिछला पन्द्रह बरीस से इंडस्ट्री में संघर्ष करत सनोज मिश्रा के एके साथ चार गो फिलिम रिलीज ला तइयार बाड़ी सँ. एहमें पवन सिंह स्टारर ‘‘खून के इल्जाम’’, ‘‘चोर जी नमस्ते’’, रवि किशन साथे ‘‘प्रेम विद्रोही’’ आ विक्रांत आनंद के साथे ‘‘ विजय तिलक’’ खास बाड़ी सँ.

लगातार आगे बढ़त सनोज मिश्रा के पहिलका हिन्दी फिलिम ‘‘महीदपुर जीरो किलोमीटर’’ के शूटिंगो पूरा हो चुकल बा. एहमें निर्देशक सनोज मिश्रा परदा पर हिरोईन संगे रोमांसो करत नजर अइहें. सनोज मिश्रा के कहना बा कि भोजपुरी निर्देशकन के हिन्दी फिलिम मुश्किले से मिलेला काहे कि कुछ लोग के गलतफहमी बा कि भोजपुरी फिलिमन के स्टैंडर्ड बहुते नीचे बा. बाकिर अब उ मिथक हमेशा ला तूड़े जात बाड़ें. ‘‘महीदपुर जीरो किलोमीटर’’ फिलिम में रितेश रघुवंशी, सोनिया कश्यप, महेन्द्र लोधी, रीतु चौहान, तुषार बोस, नितीष भारद्वाज, आदित्य सेंगर के प्रमुख भूमिका बा. फिलिम मध्य प्रदेश के एगो साँच घटना पर बनावल गइल बा.

एहसे पहिलहु सनोज भोजपुरी के अलावा मालवी, बंग्ला आ राजस्थानी भाषा के फिलिम निर्देशन कर चुकल बाड़ें. अब सनोज मिश्रा लगातार हिन्दी फिलिमन में व्यस्त हो गइल बाड़ें. उनकर बिग स्टार कास्ट वाली फिलिम ‘‘गाँधीगिरी’’ जल्दिए फ्लोर पर जाएवाली बा. एकरे अलावा ‘‘राजवीर’’ आ ‘‘इश्क नमकीन’’ के परदा पर उतारे में लागल बाड़ें उ.


(दिनेश यादव)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts