आतंकवादी आरोपी के मौत पर छह लाख के मुआविजा

अखिलेश सरकार फैजाबाद जिला कचहरी पर बम हमला करे के आरोपी खालिद मुजाहिद का मरला का चलते ओकरा परिवार के छह लाख रुपिया के सहायता देबे के घोषणा कइले बिया. खालिद के मौत अदालत से वापसी का रास्ता में तबियत खराब भइला का चलते हो गइल रहुवे. एह घटना के सीबीआई से जाँच के सिफारिशो कइले बिया सरकार. फैजाबाद के चीफ जुडिशियल मजिस्ट्रेटो ओकरा मरला के कारण के जाँच में लागल बाड़ें.

0 Comments

Recent Posts