आरएसबीवाई में भइल धाँधली के जाँच से हड़कंप
-

छपरा के तीन गो नर्सिंग होम के जाँच का बाद ओह अस्पतालन के आरएसबीवाई केन्द्र खातिर मिलल मान्यता रद्द कर दिहल गइल बा आ कुछ अउरिओ नर्सिंग होम के मान्यता रद्द होखे के अनेसा बा. बीपीएल मरीजन के इलाज खातिर चलावल जात एह योजना में हर जगहा से धाँधली के शिकायत बा. आ कई बेर बस रुपिया कमाए का फेर में गैर जरूरी आपरेशन करे के शिकायत बा. कुछेक अस्पताल एक बेर भरती भइल मरीज के दू दू तीन तीन गो आपरेशन का नाम पर ओहनी के खाता झार देत बा लोग. सबले खास बात ई बा कि एह नर्सिंग होमन में बीपीएल परिवार के महिला मरीजन के सिजेरियन आपरेशन ना होखे काहे कि ओह खातिर भुगतान कम मिलेला.

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..