आरुषि के हत्या के आरोप अब महतारी बाप पर
-

सीबीआई आरुषि हत्या काण्ड में क्लोजर रिपोर्ट लगवले रहे जवना खातिर कोर्ट ओकर आलोचना कइलसि आ आरुषि महतारी बाप पर ओकर हत्या करे के मुकदमा चलावे के आदेश दिहले बा. आरुषि के महतारी बाप पर हत्या, सुबूत मिटावे, साजिश करे, आ अपराध करे के इरादा राखे के दोष लगावल गइल बा. सीबीआई कहले रहुवे कि ओकरा लगे कवनो खास सुबूत नइखे मिलल बाकिर परिस्थितिजन्य संकेत बतावत बा कि ओकर हत्या ओकरे महतारी बाप कइले. एह हत्या काण्ड में आरुषि आ घर के एगो नौकर के लाश मिलल रहे बाकिर शुरुवे से जाँच में घचपच होत रहल आ सीबीआई कवनो सुबूत ना खोज पवलसि.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts