आलोक कुमार-निरहुआ के बहुते सफल जोड़ी फेरू साथ-साथ
-

सिनेमा भोजपुरी के सबले सफल निर्माता आलोक कुमार आ सबले सफल स्टार दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ क सुपरहिट जोड़ी एक बेर फेरू धमाल मचावे ला तइयारी करत बा. आलोक कुमार निरहुआ लेके आपन नइकी फिलिम ‘दूध का कर्ज’ बनावल शुरू कइले बाड़न.

एह जोड़ी के सफल फिलिमन के सूची में ‘हो गईल बा प्यार ओढ़निया वाली से’, ‘निरहुआ चलल ससुराल’, ‘हो गइनी दिवाना तोहरे प्यार में’ शामिल बाड़ी सँ आ ‘गंगा जमुना सरस्वती’ एही महीना रिलीज होखे वाली बा. एह जोड़ी के तुलना ट्रेड पंडित आ दर्शक मनमोहन देसाई-अमिताभ बच्चन, पहलाज निहलानी-गोविन्दा, सुभाष घई-जैकी श्रॉफ, आदित्य चोपड़ा-शाहरूख खान जइसन सफल जोड़ियन से करेलें. आलोक कुमार आ निरहुआ दुनु के बारे में मानल जाला कि ई लोग भोजपुरी सिनेमा देखेवालन के नब्ज पकड़े में माहिर ह. एहीसे जब जब एह जोड़ी के कवनो फिलिम आवेला त ओह फिलिम के सफलता तय मान लिहल जाला.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts