आवत बा "आ जा ओढ़निया तान के"
-

पिछला साल के सुपरहिट फिल्म ओढ़निया कमाल करे के अपार सफलता का बाद निर्माता रामजनक जायसवाल आ निर्देशक अरविन्द चौबे फेर आपन धमाल देखावे के पूरा तइयारी कर लिहले बाड़न. ऊ लोग अपना निर्माण कंपनी एस ए पिक्चर हाऊस का बैनर में आ जा ओढ़निया तान के बनवले बाड़े. फिल्म के शूटिंग पूरा हो चुकल बा.

भोजपुरी सिनेमा के एक्शन स्टार विराज भट्ट आ लोकगायक छोटू छलिया के शानदार अभिनय से सजल एह फिल्म में एक्शन आ रोमांस का साथ मनोरंजन के सगरी मसाला देखे के मिली. एह फिल्म के मधुर आ कर्णप्रिय गाना प्यारेलाल यादव, श्याम देहाती, आ आर आर पंकज के लिखल बा आ संगीत हवे राजेश रजनीश के.

विराज भट्ट आ छोटू छलिया का साथ मुख्य किरदार में रुबी सिंह, राखी त्रिपाठी, आनन्द मोहन, गोपाल राय, संजय पांडे, पुष्पा वर्मा, रमेश राजू, शिवा पंडित, रत्नेश बरनवाल, जस्सी, जसवंत कौर, रामजनक जायसवाल, बाल कलाकार ऋषि, हृतिक, आ आयटम गर्ल सीमा सिंह, रीमा सिंह, आ तसलीम के नाम बा.

फिल्म के कार्यकारी निर्माता जसवंत कुमार, छायाकार प्रमोद पाण्डे, एक्शन गब्बर सिहं, लेखक मनोज कुशवाहा, आ कला निर्देशक अंजनी तिवारी हउवन.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts