इलाहाबाद से छोटा राजन गिरोह के तीन गो शूटर गिरफ्तार
-

यूपी पुलिस इलाहाबाद में रहे वाला तीन गो शूटरन के गिरफ्तार कर लिहले बिया. तीनो सकार लिहले बाड़न सँ कि ऊ छोटा राजन गिरोह ला काम करत रहलें. एकनी का लगे से कुछ असलहो बरामद भइल बा.
छोटा राजन के कुछ दिन पहिले इण्डोनेशिया के बाली में गिरफ्तार कर लिहल गइल रहे आ काल्हु मंगल का दिने ओकरा के हिन्दुस्तान ले आवे के बात कहल जात रहे. बाकिर बाली के हवाई अड्डा ज्वालामुखी विस्फोट का चलते बंद बा जवना चलते ओकरा के काल्हु ना ले आवल जा सकल.
छोटा राजन खातिर मुंबई के आर्थर रोड जेल में रखे खातिर सगरी तइयारी हो गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts