ईमानदार प्रधानमंत्री बेईमानन के नाम ना बता सकसु
-

मनमोहन सिंह कहले बाड़न कि काला धन रखे वाला लोग के सूची जवन सरकार का लगे बा तवना के सार्वजनिक ना कइल जा सके. काहे कि ओह देशन का साथे भारत सरकार के अनुबंध बा. जब देश के प्रधानेमंत्री अतना लाचारी देखावे बतियावे त ओह देश के भगवाने मालिक बाड़न ! ओने सुप्रीम कोर्ट आपन नाराजगी जतावत सरकार से पूछले बा कि आखिर का दिक्कत बा कि देश लुटेवालन के नाम नइखे बतलावल जा सकत. बेचारा प्रधानमंत्री कहत बाड़े कि करिया धन के कवनो आसान समाधान नइखे. जवन जानकारी मिलल बा तवना के टैक्स वसूलल छौड़ दोसरा बात खातिर इस्तेमाल ना कइल जा सके. जय हो !

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts