औरतन के साड़ी आ बूढ़वन के क्म्मर

उत्तर प्रदेश सरकार के शासनादेश जारी भइल बा कि भूख मुक्ति आ जीवन रक्षा गारंटी योजना में १८ साल से अधिका उमिर के सगरी गरीब औरतन के साल में दू गो साड़ी आ पैंसठ साल से अधिका उमिर वाला बूढ़ लोगन के एकहएक गो कम्मर दिहल जाई. सरकार के एह आदेश से राज्य के गरीब बुनकरन के कमाई के रास्ता मिल जाई. राज्य सरकार अपना कुल खरीद के साठ फीसदी यूपिका आ हैंडलूम कार्पोरेशन में पंजीकृत बुनकरन से खरीदल जाई आ बाकी चालीस फीसदी केन्द्र सरकार के नेशनल टेक्सटाइल कार्पोरेशन से कइल जाई. हर साड़ी २१४ रुपिया में आ कम्मर ४१९ रुपिया में खरीदल जाई.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..