‘कब जाओगे’ के गाने के रिकार्डिंग पूरा भइल
-

पूनम प्रोडक्शन इंटरटेंमेंट के बैनर तले बने जा रहल भोजपुरी फिल्म ‘कब जाओगे’ के गाना के रिकार्डिंग के काम पिछला दिने मुंबई, चार बंगला म्हाडा के पंचम स्टूडियो में पूरा हो गइल.
एह फिल्म में कुल आठ गो गीत बाड़ी सँ जवना के कल्पना, इंदू सोनाली, रितेश सिंह, अलका झा, शिवांगी ‘शिवा’ आ घुंघरू का आवाज़ में रिकार्ड कइल गइल बा. संगीतकार हउवे गणेश पाण्डेय आ घुंघरू. गीत लिखले बाड़े जिग्नेश कुमार अउर गुड्डू लहरी. निर्माता आर.के. निषाद, निर्देशक अनिल लहरी, लेखक सागर अंजाना, छायाकार हीरा सरोज हउवे. फिल्म के मुख्य कलाकारन में सुजीत कपूर, सागर अंजाना, रश्मि श्रीवास्तव, अजय शानू, अमित लाल यादव, प्राची कुंदन वगैरह के नाम बा. एहमें नायक के भूमिका निभावत सुजीत कपूर के एगो अउरी भोजपुरी फिल्म ‘मोरा दरद न जाने कोई’ आवेवाली बा जवना में उनुकर नायिका गुंजन पंत बाड़ी. एह फिल्म के कहानी आजु के राजनीतिक माहौल पर लिखल बा. राजनीति आजु गुण्डा, लफाड़ियन के जमावड़ा बन के रह गइल बा आ अइसना में जब एगो ईमानदार आदमी राजनीति में उतरत बा त ओकरा तमाम मुश्किलन के सामना करे पड़ऽता. लेकिन आखिर में जीत सच्चाईए के होत बा.


(स्रोत – समरजीत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts