करकरे खातिर दिहल बयान पर दिग्विजय सफाई दिहलें
-

एगो किताब का विमोचन समारोह में भाषण देत कांग्रेस के महासचिव दिग्विजय सिंह कह दिहलें कि करकरे मुसलमानन खातिर भगवान बनि के आइल रहलें. जब एह बयान पर बवाल मचि गइल त अब सफाई देत कहले बाड़न कि भगवान ना भगवान के पैगाम ले के आवे वाला दूत रहलें करकरें. अब मुसलमान करकरे के अपना भगवान के पैगाम ले के आवे वाला मनीहें कि ना एह पर कवनो विचार के जरुरत नइखे. काहे कि मुसलमान लोग खातिर पैगम्बरो बहुते पाक आ एक होलें. बढ़िया रहीत कि दिग्विजय सिहं एह तरह का बयानबाजी से पहिले इस्लाम धर्म के जानकारी ले लेतें त उनका से एह तरह के नाजायज बयानबाजी ना होखित. कांग्रेस के एह तरह के बयान से भला होखत बा कि भाला, से त समये बताई.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts