करिया कमाई विदेश में राखे वाला सतरह जने के नोटिस भेजाइल
-

आपन करिया कमाई विदेश में राखे वाला लोगन के जवन सूची सरकार का लगे बा तवना में बतावल जात बा कि अठारह गो नाम बा. काल्हु प्रणव दा कहले कि सतरह जने के नोटिस भेजाइल बा आ मामिला जब कोर्ट में जाई त लोग के नामो पता चलि जाई बाकिर ओकरा पहिले नाम ना बतावल जा सके. शायद ऊ भारतीय परम्परा के माने वाला पतिव्रता नारी का तरह बोलत बाड़े जे अपना भतार के नाम ना लेव. भतार शब्द कुछ कड़ा बुझाव त ओकरा जगहा पति राख ली, बतिया एके रही. हमरा ओहू ले बड़ सवाल ई लागत बा कि अठारह जने के सूची में से सतरह जने के नोटिस भेजाइल बा, एगो के छूटल बा भा छोड़ दिहल गइल बा ! कहीं ऊ कवनो पूर्व केन्द्रीय मंत्री त ना ह जेकर नाम ओह सूची में होखे के बात चरचा में बा ?

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts