कोटला मैदान पर भारतो के हाल खराबे रहल
-

कोटला मैदान पर होखत भारत आस्ट्रेलिया का बीच के मौजूदा सीरीज के चउथका मैच के दुसरका दिने आस्ट्रेलिया २६२ रन बना के आल आउट हो गइल. आजु ओकर दू विकेट में से एक एक गो विकेट रविचंद्रन अश्विन आ प्रज्ञान ओझा लिहले. आजु के विकेट का साथे प्रज्ञान के टेस्ट क्रिकेट में सउवाँ विकेट मिल गइल.

ओकरा बाद खेले उतरल भारत के शुरुआत बढ़िया रहल आ पहिला विकेट के नुकसान का बेरा भारत के १०८ रन रहल. बाकिर बाद में हालत खराब होत गइल आ भारत आठ विकेट गँवा के कुल दू सौ छियासठे रन बना पवलसि. आपन आखिरी टेस्ट मैच खेलत सचिन तेंदुलकर आजुओ कवनो कमाल ना देखा पवलें.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts