खलासी बनली रिंकू घोष
-


चुनौती वाली भूमिका करे खातिर हमेशा तइयार रिंकू घोष हालही में एगो नया फिलिम साइन कइली जवना के नाम ह “सईयाँ ड्राईवर बीबी खलासी”. महिला केन्द्रित एह फिल्म में रिंकू घोष खलासी का रुप में दर्शकन के हँसावत ड्राईवर आ खलासी के जिनिगी के सच्चाइयो बयान कर दीहें. अंजनी कुमार का निर्देशन में बनत एह फिल्म से रिंकू के दिवाना चउँकि जइहें. भोजपुरी सिनेमा के रेखा कहाये वाली रिंकी घोष आजुकाल्हु अपना फिल्म “कोई हमसे जीत ना पाई” के उत्तर प्रदेश में चल रहल शूटिंग में व्यस्त बाड़ी. हालही में रिलीज उनकर फिल्म “आखिरी रास्ता” सुपर डुपर हिट रहुवे. फिल्म के नायक निरहुआ रहले.


(स्रोत – शशिकांत सिंह)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts