खाली शिक्षकन के पद जल्दिए भरल जाई कहलन मुख्यमंत्री अखिलेश यादव

बुध का दिने विधानसभा में एगो सवाल का लिखित जबाब में मुख्यमंत्री अखिलेश यादव कहलन कि राज्य में खाली पड़ल प्रवक्ता आ प्रशिक्षित स्नातक शिक्षकन के खाली पड़ल पद जल्दिए भरल जाई. कहलन कि १४७९ स्नातक शिक्षक आ ३९३ प्रवक्ता पद के रिक्ति विज्ञापित कइल जा चुकल बा आ ८२ गो प्रवक्ता आ ४२१ गो स्नातक शिक्षकन के पद अउरी विज्ञापित होखे वाला बा. एकरा खातिर चयन बोर्ड जल्दिए विज्ञापन दी.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..