"गलवा तोहार टमाटर हउ गोरिया" के सितंबर में रिलीज
-

बाबा चंदन इंटरनेशनल प्रोडक्शन के फिलिम “गलवा तोहार टमाटर हउ गोरिया” सितम्बर में उत्तरप्रदेश के वाराणसी में रिलीज कइल जाई. भईयालाल सेठ के बनावल आ विजय कृष्ण चतुर्वेदी के निर्देशित एह फिलिम के कथानक आ गीत भईयालाल सेठ के लिखल. संगीत कनक राज के, पटकथा आ संवाद कन्नन अय्यर के, नृत्यनिर्देशन अश्विनी आ दिलीप मिस्त्री के, एक्शन आरपी यादव के, फिल्मांकन अशोक चक्रवर्ती के आ सपादन दीपक कपूर के बा.

फिल्म के मुख्य कलाकार रानी चटर्जी, सुशील सिंह, प्रमोड सिंह, दिनेश चतुर्वेदीञ उदय श्रीवास्तव, अनूप अरोड़ा, इरशाद खान, रश्मि शर्मा, अशोक सेठ, मोना रे, मंदाकिनी, अंकिता, राजेश तोमर, जफर खान, अष्टभुजा मिश्रा, अशोक सेठ जूनियर, अभिलाषा सिंह, नीलम सिंह, संतोष मिश्रा आ सुधीर पांडेय हउवें.


(समरजीत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts