गोली चलाए वाला के लोग पीट के मुआ दिहल

रोहतास जिला के अमझोर का बसडीहा गांव में होली मिलन कार्यक्रम का दौरान शुक का देर रात कुछ लोग में झंझट हो गइल जवना में एक आदमी गोली चला दिहलसि. एह पर ओहिजा मौजूद लोग ओह हमलावर के पीट पीट के मुआ दिहल. मरे वाला हमलावर गाँवे के मोती साव के बेटा मनोज कुमार बतावल जात बा. जबकि घवाहिल लड़ीका विजेन्द्र पाल के बेटा मनीष कुमार पाल ह. कहल जात बा कि एह झंझट का पीछे प्रेम प्रसंग बा. मनोज गाँवे के एगो बिआहल औरत के ले के पर साल भाग गइल रहुवे आ साल भर बाद लवटल रहे.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.