घमण्डी लड़की का भूमिका में पाखी
-


भोजपुरी सिनेमा के मशहूर तारिका पाखी हेगडे अपना नयका फिल्म आखिरी रास्ता में एगो घमण्डी लड़की का भूमिका में आ रहल बाड़ी. इ भूमिका देखि के दर्शकन के उनकर “निरहुआ रिक्शावाला” के किरदार याद आ जाई. एह फिल्म में ऊ रानी नाम के लड़की का भूमिका में बाड़ी जेकर निरहुआ का साथे बकझक हो जात बा. बाद में पता चलत बा कि इहे उनकर नयका बाडी गार्ड बहाल भइल बा. बाद में समय का साथ कुछ अइसन होत बा जे पाखी निरहुआ के आई लव यू बोल देता बाड़ी आ तब निरहुआ के अतीत का बारे में उनका पता लागत बा. फिल्म में ई मौका एगो नाजुक मोड़ लेत बा. केएस साईबाबा आ ए.दास के बनावल आ जी सुब्बाराव के निर्देशित भोजपुरी फिल्म “आखिरी रास्ता” चौदह जनवरी के बिहार में होखे जा रहल बा. फिल्म में निरहआ आ पाखी पर कई गो दिलकश गाना आ रोमांटिक सीन फिल्मावल गइल बा. फिल्म के संगीत राजेश रजनीश के आ गीत विनय बिहारी आ प्यारेलाल यादव के बा.
(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts