‘घुस के मारब’ के पोस्ट प्रोडक्शन प्रगति पर
-

ShivamTiwariडी.एस. फिल्म इंटरटेनमेंट के बैनर तले बनत भोजपुरी फिलिम ‘घुस के मारब’ के पोस्ट प्रोडक्शन एह घरी मुम्बई के प्रियंका स्टूडियो में तेजी से होखत बा.
निर्देशक संजय श्रीवास्तव, संगीतकार छोटे बाबा, परिवेश-दर्पण, गीतकार मुन्ना दूबे आ राना सिंह, कोरियोग्राफर ओमी, संकलन नागेन्द्र यादव, कैमरामैन के. अब्बास आ प्रस्तुतकर्ता रमेश कुमार सिंह.
भोजपुरिया ही मैन शिवम तिवारी एहमें एगो दमदार पुलिस इन्स्पेक्टर के किरदार में बाड़े. कथा आ पटकथा शिवमे तिवारी के लिखल ह. बाकी कलाकारन में तनिष्क, मनोज टाइगर, संतोष श्रीवास्तव, रितु पाण्डे, सुशील, रमेश कुमार, राज कपूर शाही, संजय पाण्डे, पूनम दूबे, अउर आइटम क्वीन सीमा सिंह के नाम बा.
भोजपुरी फिलिम ‘फौजी’ से आपन जबरदस्त पहचान बना चुकल शिवम तिवारी ‘घुस के मारब’ में फेरू एक बेर मजगर किरदार में नजर अइहें.


(समरजीत)

1 Comment

  1. राना रंजीत बासु

    जय भोजपुरी ,जय भोजपुरी उत्थान मंच। शिवम तिवारी जी हम राना रंजीत बासु भोजपुरी से लेके हिन्दी के 500 से भी ज्यादा गीत आपन धुन के साथ लिख चुकल बानी। हमनियो के मौका देहिँ।ढढ़नी गाजीपुर गायक गीतकार 08896125767

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts