’चुन्नू बाबू सिंगापुरी’ के ट्रायल शो में दिग्गज लोग के जुटान
-

प्रदर्शन से पहिलही चर्चा में आ गइल भोजपुरी फिल्म ’चुन्नू बाबू सिंगापुरी’ के ट्रायल शो में ’बिहार भोजपुरी आकादमी’ के अध्यक्ष डा. रविकान्त दूबे आ राष्ट्रीय हिन्दी साप्ताहिक समाचार पत्र बिहारी खबर के उप-संपादक अनूप नारायण सिंहो मौजूद रहलें. डा.आर. के दूबे एह फिलिम के ट्रायल शो देखला का बाद कहलें कि लक्ष्य से भटक गइल भोजुपरी सिनेमा के एह दौर में ई फिलिम इतिहास रचे में कामयाब होई. कहलन कि बिहार में एह फिलिम के टैक्स फ्री करावे ला ऊ अपना स्तर से बिहार सरकार से बात करीहें. पत्रकार अनूप नारायण सिंह कहलें कि 9 नवम्बर को छपरा में होखे जात ’सारण गौरव सम्मान’ में भोजपुरिया माटी के लाल चुन्नू सिंगापूरी के ’सारण गौरव सम्मान’ से सम्मानित कइल जाई.

एह मौका पर सिंगापुर के चाइनीज फिल्म निर्माता के. एस. टैंग सगरी मेहमानन के तहेदिल से शुक्रिया अदा करत सिनेमा भोजपुरी के सही दिशा देबे में लागल रहीहें.

चुन्नू सिंगापुरी भोजपुरी भाषा के मान-सम्मान से खिलवाड़ करे वाला फिल्मकारन के सचेत करत कहलन कि उनकर फिल्म मनोरंजन का संगही भोजपुरी अस्मिता खातिर उठल एगो आवाजो ह. फिल्म के पूरा युनिट के बधाई दिहलन चुन्नु बाबू. ट्रायल शो कार्यकारी निर्माता चेतन बाबू के देखरेख में भइल.

पोलोनिया वत्स इंटरटेनमेंट प्रस्तुत एह फिल्म के निर्माता के. एस. टैंग, कार्यकारी निर्माता चेतन बाबू आ निर्देशक मनोज श्रीपती झा हउवे. मुख्य कलाकार चुन्नू सिंगापुरी, प्रिया शर्मा, राखी त्रिपाठी, धर्मेन्द्र सिंह, आनंद मोहन, जे. के. सिंह, सारिका संघमित्रा, विनोद मिश्रा, अविनाश त्रिपाठी, संजीव झा अउर बालेश्वर सिंह हउवें. मेहमान भूमिका में दिव्या द्विवेदी, नेहा श्री सिंह, आलोक सिंह (सिंगर), आ आईटम डांसर सीमा सिंह बाड़ी.

एह मौका पर मौजूद रहे वालन में खास रहलें ’बिहार भोजपुरी आकादमी’ के अध्यक्ष डा. रविकान्त दूबे, राष्ट्रीय हिन्दी साप्ताहिक समाचार पत्र बिहारी खबर के उप-संपादक अनूप नारायण सिंह, वरिष्ठ पत्रकार उदय भगत, नरेन्द्र उपाध्याय, उमेश चंदेल, शिव कुमार राजपूत, अभिनेता गोपाल राय, हैदर काजमी, शुभम तिवारी, मनोज व्दिवेदी, गौरव झा, उत्तम मोहंती, संजय छपरी, अविनाश त्रिपाठी, जनार्दन सिंह, विवेक द्विवेदी, निर्माता शम्भू पाण्डेय, विनय शुक्ला, आर डी चौहान, निर्देशक राजकुमार आर पाण्डेय, हैरी फर्नाडिज, बालकृष्ण सिंह, रवि सिन्हा, रजनीश त्यागी, देव पांडे, अशोक त्रिपाठी अत्री, सुशील खेतान, रेनू पाठक, प्रीति पाठक, प्रिया शर्मा, पायल सेठ, नेहा, उद्भव पाण्डेय, सूरज, अजय कुमार, आ शिवशंकर पाल.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts