जय प्रकाश विश्वविद्यालय के बजट में तीन अरब के घाटा
-

छपरा स्थित जयप्रकाश विश्वविद्यालय के सिंडिकेट अपना बजट बईठका में साल २०११-१२ के बजट पास कर दिहल गइल जवना में तीन अरब से बेसी के घाटा देखावल गइल बा. घाटा के पूर्ति बिहार सरकार से करावल जाई. विश्वविद्यालय के सालाना खर्चा ३ अरब २५ करोड़ ४४ लाख ४६ हजार ५३३ के अनुमान बा जबकि आंतरिक स्रोत से ८ करोड़ १ लाख ६३ हजार ५६४ मिले वाला बा आ विश्विवद्यालय अनुदान आयोग से ७ करोड़ ४६ लाख मिली. बाकी के घाटा बिहार सरकार के कपारे रही. इहो तय कइल गइल बा कि एह साल से गंगा सिंह कालेज में पीजी आ भोरे के वीपीएस कालेज में बीएससी के पढ़ाई शुरु करावल जाई. गंभीर रुप से बीमार प्रो॰ मोहन चौधरी के एक लाख रुपया बतौर सहायता देबे के फैसलो लिहल गइल. प्रो॰चौधरी दूरस्थ शिक्षा के निदेशक हउवें. शिक्षक लोग के प्रोनन्ति के मामिला सिंडिकेट के अगिला बईठक में देखल जाई.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts