जरुरत बा रउरा सहयोग के
-

इन्टरनेट पर भोजपुरी डिक्शनरी के एगो आनलाइन साइट के कमी बहुत दिन से महसूस होत रहल ह. सोचत विचारत आखिरकार एगो साइट शुरु कर दिहल गइल बा. बाकिर ई काम अतना बड़हन बा कि अकेले ना सँपरी.

एहसे अँजोरिया के पाठक लोग से निहोरा बा कि जेकरा से जतने हो सके ओतना शब्द के अर्थ आ ओकर उपयोग वाला वाक्य का साथे भोजपुरीडिक्शनरी.काम पर पोस्ट करीं. जवना पाठक के कम से कम सौ गो शब्द ओहमें शामिल होखी ओकर नाम डिक्शनरी के संकलनकर्ता में खास कर के जोड़ दिहल जाई.

सबसे बेसी शब्द संकलित करावे वाला के अढ़ाई हजार रुपिया (Rs.25००/-) नगद पुरस्कारो दिहल जाई. आखिरी तारीख रही १ली अक्टूबर २०१०.

आशा बा कि अँजोरिया के पाठक एह काम में जी जान से लाग जइहें आ देखते देखत एगो मजगर डिक्शनरी तइयार हो जाई. दुनिया भर के पाठकन लायक बनावे खातिर हर शब्द के अंगरेजी में अर्थ आ हर वाक्य के अंगरेजी अनुवाद साथे जोड़ल जरुरी बा.

राउर,
अँजोरिया संपादक

3 Comments

  1. डा. सुभाष राय

    भाई ओम प्रकाश, बहुत नेक काम शुरू कइला ह भाई. आपन विरासत अऊर संस्कृति एहि सबदन में बा. इहे भोजपुरिअन क सबद बनी, इहे उनक साखी बनी. बहुते बधाई.

    Reply
  2. omprakash amritanshu

    E T Bahut Mahan Kam Ba.Hamaro Sahyog Rahi.
    omprakash amritanshu
    Ara

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts