जे॰ एन॰ यू॰ छात्र संघ के चारो सीट जीतलसि आइसा
-

नयी दिल्ली के जवाहरलाल नेहरू विश्वविद्यालय अपना वामपंथी रूझान ला जानल जाला आ ओहिजा के छात्र संघ चुनाव मे वामपंथिए संगठनन का बीच मुकाबिला रहेला. देश के माहौल से अलग चले वाला जेएनयू के छात्र संघ चुनाव में आइसा चारो सीट जीत लिहलसि.

आइसा के कामयाबी पर भाकपा माले लिबरेशन के महासचिव दीपंकर भट्टाचार्य बयान जारी कर के कहलन कि आइसा के ई कामयाबी कांग्रेस के विनाशकारी नीतियन आ भाजपा के साम्प्रदायिक एजेडा के खिलाफ युवा भारत के मनसा देखावत बा.

एह चुनाव में अध्यक्ष पद पर अकबर चौधरी, उपाध्यक्ष पद पर अनुभूति एग्नीस बारा, महासचिव पद पर संदीप सौरभ आ संयुक्त सचिव के पद पर सरफराज हामिद विजयी भइले.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts