तीन जोडी ट्रेनन में बोगी बढ़ावल जाई

पूर्वोत्तर रेलवे अपना तीन जोडी मेल एक्सप्रेस गाडियन में अस्थायी तौर से बोगी बढ़ावे के फैसला कइले बिया.
गाडी संख्या 15229 छपरा दुर्ग सारनाथ एक्सप्रेस में छपरा से एगो कोच प्रथम सह द्वितीय वातानुकूलित श्रेणी के एक अक्टूबर से 31 दिसम्बर ले लगावल जाई.15230 दुर्ग छपरा सारनाथ एक्सप्रेस में इहे कोच दू अक्टूबर से एक जनवरी ले लगावल जाई.
गाडी संख्या 25013 आ 25014 रामनगर भगत की कोठी कार्बेट लिंक एक्सप्रेस में एगो द्वितीय सह तृतीय श्रेणी वातानुकूलित कोच बढ़ावल जाई.
एही तरह 18191 आ 18192 छपरा फर्रूखाबाद उत्सर्ग एक्सप्रेस में एगो वातानुकूलित टू टियर बोगी जोड़ल जाई.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..