दर्शकन के दिल धड़कावत बाड़ी रानी चटर्जी
-

सिनेमा भोजपुरी के दर्शकन के दिल के धड़कन रानी चटर्जी एह घरी अपना बिहारी दर्शकन के दिल धड़कावत बाड़ी. हालही में रिलीज फिलिम ‘धड़केला तोहरे नावे करेजवा’ में रानी के अदा पर दर्शक लुभा गइल बाड़ें. पिछला शुक के बिहार में रिलीज भइला का बाद ‘धड़केला तोहरे नावे करेजवा’ बाक्स ऑफिस पर शानदार कलेक्शन बटोरत बिया.

एह फिलिम में रानी के अभिनय के तारीफ होखत बा आ उनुका एक्शन आ घुड़सवारीओ के ढेरे चरचा बा. ‘धड़केला..’ के सफलता से उत्साहित रानी चटर्जी एह घरी काठमाडू में अपना नईकी फिलिमन के शुटिंग में लागल बाड़ी. उनकर नागिन, साली बड़ी सतावेली, शेरनी वगैरह फिलिम रिलीज ला तइयार बाड़ी सँ.

एह साल रानी के हिट फिलिमन में ‘दुर्गा’, ‘कईसन पियवा के चरित्र बा’, आ ‘ज्वालामंडी’ के नाम खास बा.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts