दिघवारा मानपुर का लगे सड़क हादसा में एक आदमी के मौत
-

सारण जिला के दिघवारा इलाका में बियफे का दिने हाईवे पर मानपुर का लगे एगो बस टेंपो के टक्कर मार दिहलसि जवना से टेंपो पर सवार अवतारनगर थाना के फतेहपुर चैन के एगो आदमी के ठाँवे पर मौत हो गइल. दिघवारा के हिम्मतपुर के एगो मेहरारुवो घवाहिल हो गइल जवना के छपरा सदर अस्पताल में भरती करावल गइल. टक्कर का बाद बस आ टेंपो दुनु के ड्राइवर फरार हो गइल बाड़ें आ पुलिस दुनु गाड़ी के जब्त कर लिहले बिया.

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..