दिल्ली एसीपी के मेहरारूओ मर गइली

छपरा के दहियांवा टोला के रहे वाला आ दिल्ली में एसीपी रहल अमित सिंह के कवनो बात पर पिछला सोमार के रात अपना मेहरारू डा. सरिता सिंह से बाताबाती हो गइल जवना का बाद एसीपी अपना के गोली मार लिहलन आ सरिता चार मंजिला से कूद गइली. घवाहिल सरिता के इलाज का दौरान बुध का दिने मौत हो गइल.
पुलिस इन्तजारे करत रह गइल कि सरिता के होश आवे त कुछ जानकारी मिलो बाकिर ऊ होश में ना आ पवली. दुनू जने के एगो डेढ़ बरीस के बेटी बिया.
पुलिस अमित के मोबाइल जब्त क लिहले बिया आ ओकरा से काल डिटेल खंगाल के मामिला जानल चाहत बिया.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..