दुआरी पर गिरल ट्रक से कचरा के दू जने के मौत
-

देवरिया के लार इलाका के देउसिया गाँव का लगे सड़कि पर एगो ट्रक एगो घर का सोझा पलटि मार दिहलसि. दुआरी पर सूतल दू आदमी का देह पर एह ट्रक का गिरला से महतारी पचास साल के तेतरीदेवी आ उनकर बाईस साल के बेटा के मौत ठाँवे पर हो गइल. बाद में आठ घंटा बाद क्रेन आके ट्रक उठवलसि. एह घटना से खिसियाइळ लोग सड़क जाम कर दिहल आ आवत जात गाड़ियन पर ढेला पत्थर मार के नुकसान चहुँपवले.

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..