नहर में पानी खातिर किसान बवाल कइले
-

नहर में पानी ना रहला से नाराज भोजपुर जिला के बेलाउर गांव के किसान शुक का दिने आरा-सहार रोड जाम कर दिहलें आ जाम हटावे आइल पुलिसो से अझूरा गइल लोग. ओह लोग के पथराव से तीन गो सिपाही घवाहिल हो गइले. बाद में पुलिस लाठी भाँज के जाम हटवलसि. एह मामिला में तीन दर्जन से अधिका लोग पर मुकदमा दर्ज हो गइल बा. जाम सबेरे सात बजे से लागल शुरू भइल त दुपहरिया दू बजे ले चलल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts