नीतीश के एगो वादा पूरा भइल

भ्रष्टाचार पर रोक लगावे का लिहाज से पहिला डेग धरत नीतीश कुमार मंत्रीमण्डल के तीसो मंत्रियन के संपत्ति के ब्योरा सरकार के वेबसाइट पर डाल दिहल गंइल बा. कुछ मंत्री अपना साथ साथ अपना परिवार के सदस्यनो के ब्योरा दिहले बाड़न. जइसे कि मुख्यमंत्री नीतीश कुमार अपना बेटा निशांत के संपत्ति के ब्योरा दिहले बाड़न. एह ब्योरा से पता चलत बा कि बेटा बाप से बेसी धनी बा. नीतीश का लगे करीब ४५ लाख के संपत्ति बा त बेटा का लगे करीब एक करोड़ के.

0 Comments

Recent Posts