पाखी हेगड़े का डबल धमाल
-

HUNTERWAALI
भोजपुरी स्टार अभिनेत्री पाखी हेगड़े एह घरी बॉक्स ऑफिस पर डबल धमाल मचवले बाड़ी. पिछला होली पर रिलीज पाखी के दू गो फिलिम ‘देवरा भईल दीवाना’ आ ‘हंटरवाली’ बॉक्स ऑफिस पर शानदार कलेक्शन बटोरत बाड़ी सँ. ‘देवरा भईल दीवाना’ बिहार आ मुम्बई दुनू जगहा रिलीज भइल जबकि ‘हंटरवाली’ मुम्बई में. दुनू फिलिम औरत प्रधान बाड़ी सँ आ दुनू में पाखी के अभिनय के तारीफ होखत बा.

देवरा भईल दिवाना में भउजी बनल पाखी दमदार भूमिका में बाड़ी आ उनकर जोड़ी मनोज तिवारी संगे बा. फिलिम ‘हंटरवाली’ में पाखी एक्शन भूमिका में बाड़ी. अपना एह दुनू फिलिमन के सफलता से पाखी खूब उत्साहित बाड़ी. “देवरा भईल दीवाना” के प्रोमोशन करे ला पाखी आजुकाल्हु बिहार भर घूमत बाड़ी.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts