प्रेमचंद रंगाशाला में जल्दिये रंगकर्म शुरु होखी
-

पिछला पचीस साल से पटना के प्रेमचन्द रंगशाला सीआरपी का कब्जा में रहुवे आ रंगकर्मी नाटक वगैरह खातिर दोसरा जगह के इस्तेमाल करत रहले. लाख विरोध का बादो सरकार के कान में कुछ पड़त ना रहुवे. अब बिहार सरकार प्रेमचंद रंगशाला के सीआरपी से खाली करवा के ओकरा मरम्मत आ सुधार में साढ़े तीन करोड़ रुपिया खर्च करके एह साल सांस्कृतिक गतिविधि लायक बना लिहल जाई. ई बाति उपमुख्यमंत्री सुशील मोदी कहले बाड़न. साथ ही राज्य के अउरिओ सांस्कृतिक आ खेलकूद केन्द्र के विकसित करावल जाई.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts