प्रेमी जोड़ा संदेहजनक हालात में मरल
-

जौनपुर जिला के जलालपुर इलाका के पुरवां गांव के तीस साल के खुर्शीद आ राजेपुर गांव के सोलह साल के एगो लड़िकी में संबंध बन गइल रहे. खुर्शीद राजेपुर में बनत सरकारी अस्पताल में मेठ के काम पर रहुवे. काल्हु दुनु बेहोशी हालत में अस्पताल में मिलले. दुनु के आजु सबेरे जिला अस्पताल ले जाइल गइल त ओहिजा डाक्टर दुनु के मरल घोषित कर दीहले.
दुनु लाश पोस्टमार्टम ला भेजाइल बा आ पोस्टमार्टम का बादे पता चली कि दुनु जहर खइले रहले कि ओहनी के हत्या भइल बा.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..