बनारस के कचौड़ी जलेबी पर फिदा भइली सीमा सिंह
-

सिनेमा भोजपुरी के डांसिंग क्वीन सीमा सिंह अपना डांस का जलवा से बनारस के लोगन के झुमा अइली. पिछला दिने सीमा सिंह भोजपुरी फिल्म ‘सौगंध गंगा मईया की’ खातिर एगो आयटम नंबर के शूटिंग करे बनारस गइल रही. ओहिजा एगो कमाल के आयटम नंबर शूट करवली आ अपना व्यस्तता का चलते अपना गृहनगर इलाहाबाद ना जा के सीधे मुंबई लवटि अइली अपना अगिला फिलिम के शूटिंग खातिर. जबकि बनारस से मात्र कुछ घंटा लागेला इलाहाबाद जाये में.

आपन बनारस यात्रा लाजवाब बतावत सीमा सिंह कहली कि बनारस मस्त मौला शहर ह. बनारस के कचौड़ी जलेबी खा के सीमा सिंह कहली कि अइसन कचौड़ी जलेबी आजु ले ना खइले रही.

सीमा सिंह के एक झलक पावे खातिर लोग के भारी भीड़ जुट जात रहुवे. एह दौरान ऊ बनारस के मंदिरों में दर्शन खातिर गइली. अपना प्रशंसकन के आटोग्राफ दिहली, पत्रकारन के इंटरव्यू, आ लोकल कलाकारन से भेंट कइली.

भोजपुरी के अस्सी फीसदी फिलिमन में सीमा सिंह के आयटम नंबर जरूर रहेला. छोटका परदा के रियलटी शो ‘नाच नचईया धूम मचईया’ के विजेतो बनली सीमा सिंह. पिछला साल डांसिंग क्वीन के खिताब जीतली.


(शशिकांत सिंह के भेजल रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts