बलिया में आजु लोक रस बही
-

बलिया के एगो सामाजिक सांस्कृतिक संस्थान “पहल” आजु बापू भवन, टाउन हॉल, में एगो “लोक रस” कार्यक्रम आयोजित कइले बा. आयोजन के जिम्मा लक्की शुक्ला के बा.
संस्था के सचिव शैलेन्द्र मिश्रा बतावत बाड़े कि एह कार्यक्रम के मकसद बा भोजपुरी में फूहड़ गीतन के विरोध करे के आ भोजपुरी के पारंपरिक लोकगीतन के बढ़ावा देबे के. आजु के कार्यक्रम में लोकरस वाला गीतन के रसधार बहावे के योजना बा पहल के.
कार्यक्रम साँझ साढ़े पाँच बजे से होखे वाला बा.
(नि.सं)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts