बिहार का ३४ गो अउरी जिलन में साक्षर भारत अभियान
-

केन्द्र सरकार से धन आंवटित हो गइला का बाद बिहार के चौंतीस गो अउरी जिलन में साक्षर भारत अभियान शुरु कर दिहल गइल बा. पहिले तीने गो जिला में, भोजपुर, खगड़िया, आ बेगूसराय में, ई अभियान चलत रहल ह. बिहार सरकार केन्द्र का लगे सवा चार सौ करोड़ के योजना बना के भेजले रहुवे जवना के तीन चौथाई केन्द्र सरकार दी आ बाकी एक चौथाई खरचा बिहार सरकार. एह अभियान से अनपढ़ उमिरदराज लोग के, खास कर के औरतन के, साक्षर बनावल जाई. बिहार के मानव संसाधन मंत्री पी॰ के॰ शाही कहले बाड़न कि ई बिहार खातिर शानदार अवसर बा अपना राज्य में साक्षरता दर बढ़ावे के आ एह काम में जोर शोर से जुटे के बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts