बिहार के इंटर साइंस के रिजल्ट निकलल
-

मंगल का दिने बिहार के इंटर साइंस के परिणाम घोषित कर दिहल गइल जवना में से पहिला दस जगहा में से पाँच जगहा पर बेगुसराय के एम आर जे डी आई महाविद्यालय के विद्यार्थी आइल बाड़ें. एह में से दू गो विद्यार्थी, पियुष कुमार आ ईला कुमारी, भाई बहिन हउवें. पियुष पहिला जगहा पर आ ईला तिसरका जगहा पर आइल बाड़ी.

एह साल इकानबे फीसदी विद्यार्थी पास हो गइल बाड़ें. लड़िकियन के पास प्रतिशत लड़िकन से बेसी बा.

0 Comments

Recent Posts