बिहार के खबर
-

(बियफे, 8 दिसंबर)

  • सोनपुर मेला के काल्हु विधिवत समापन कर दिहल गइल. एह समारोह में भूमि सुधार मंत्री रमई राम आ श्रम संसाधन मंत्री जनार्दन सिहं सिग्रीवाल मौजूद रहलन.
  • पूर्वी चंपारण के मोतिहारी में पुलिस पताही के दू गो नक्सलियन के गिरफ्तार कइलसि.
  • सचिवालय सहायक समेत अनेक पद खातिर पीटी परीक्षा अठारह दिसम्बर के करावल जाई. एह खातिर राज्य भर में सात सौ तिरसठ गो केन्द्र बनावल गइल बा जहवाँ कुल तीन लाख छियासी हजार परीक्षार्थियन के इन्तिहान लिहल जाई.
  • बीस आ इकइस दिसम्बर के होखे वाला टीईटी परीक्षा खातिर हेल्पलाइन नम्बर जारी कइल गइल बा जहवाँ से प्रवेश पत्र से जुड़ल जानकारी लिहल जा सकेला. नम्बर हवे 0612-2220274. बतावल गइल बा कि सोलह दिसंबर ले सगरी प्रवेश पत्र जारी कर दिहल जाई.
  • शुक से पूरा राज्य में धान के खरीद शुरू होखी. हर ब्लाक में दू गो खरीद केन्द्र बनावल जाई आ खरीद के चौबीस घंटा का भीतर ओकर भुगतान बैंक का माध्यम से कर दिहल जाई. जबकि विधानसभा में राजद सदस्य धान खरीदे खातिर पूरा इन्तजाम ना करे के आरोप लगावत नारेबाजी कइलन.आ सदन के वहिष्कार कइलन. एह साल धान के फसल बहुत बढ़िया भइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts