बिहार के सूर्य मंदिरन पर डाकटिकट

काल्हु शक का दिने बिहार के सुर्य मंदिरन पर आ फगुआ पर डाक टिकट जारी कइल गइल. नवादा में भइल डाक टिकट महोत्सव में देव, बड़गाँव, पुनयाक, ओंगारी, हड़िया, उल्लार, कंदाहा, उमगा, आ सूर्य कुंड मंदिर पर डाक टिकट जारी कइल गइल. जारी कइलन बिहार परिमंडल के निदेशक अनिल कुमार. कहलन कि जल्दिए योजना शुरू होखी जवना में केहू अपनो पर डाक टिकट जारी करवा पाई.

एहिजा याद दिआवल जा सकेला कि कुछ साल पहिले अइसनके योजना में नीदरलैंड से मनोज तिवारी के फोटो वाल डाकटिकट जारी भइल रहे.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..