बिहार में भाजपा जदयू गोलबंदी टूट का कगार पर
-

पिछला सतरह साल से चलल आवत भाजपा आ जदयू के गोलबंदी अब टूटे वाला बावे काहे कि नीतीश कुमार कवनो तरह से नरेन्द्र मोदी के सकारे के पक्ष में नइखन. उनका मालूम बा कि एक बेर अगर नरेन्द्र मोदी प्रधानमंत्री बन गइलन त नीतीश के नंबर कहियो ना आई. संयोग से दुनु जने समाज के पिछड़ा वर्ग से आवेलें आ एहु आधार पर ऊ मोदी का खिलाफ ना लड़ सकसु. से बारह साल पुरान घटना ले के अब सवाल उठावे में लागल बिया जदयू. काल्हु जदयू मंत्री नरेन्द्र सिंह मोदी के दंगाई बता दिहले त शिवानंद तिवारी के कहना रहल कि सरदार पटेल अइसनका आदमी के कान पकड़ के हटा देतन.

वइसे कुछ जानकारन के इहो कहना बा कि नीतीश के शैली से नाराज कुछ जदयू विधायक पाला बदल सकेलें बशर्ते ओह लोग के संख्या काम लायक बन जाव. बिहार विधानसभा में बहुमत ला १२१ गो विधायक चाहीं जवना में जदयू का लगे ११७ गो भाजपा का लगे ९१ गो विधायक बाड़ें. जदयू अब निर्दलीय विधायकन से आपन गिनिती पूरावे का फेर में बिया. जबकि भाजपा के सरकार तबहिये बन पाई जब ओकरा के तीस गो अउर विधायक समर्थन दे देसु. एह संख्या ला भाजपा नजर लगवले बिया कि जदयू में टूट हो जाव.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts