बैंक में रूपया जमा करे जात मेहरारू से दस हजार के ठगी

बनियापुर, सारण। बनियापुर थाना क्षेत्र के सहाजितपुर भारतीय स्टेट बैंक में रूपया जमा करे जाति खाने मोरा गांव के एगो मेहरारू धनवती देवी के जालसाज दूगो लइका पीतर के गहना दे के दस हजार ठगि लीहल न ह स। जेवले उ मेहरारू कुछु समुझसु तवले उ दूनो भागि गइलन स। बतावल जाता कि इ तीसरकी घटना ह एहि क्षेत्र में। पुलिस के सूचना दिआ गइल बा।

0 Comments

Recent Posts